Dafa 406 Lyrics - Chhotu Shikari

2023 Chhotu Shikari

Lyrics

बोल भाई, कहे ला निराश बाड़ा तू
का भयिल बाटे के उदास बाड़ा तू
पीठ पीछे करे तोर बुराई भले दुनिया
भाई के खातिर सबका से खास बाड़ा तू
कुछ लोग आपन चांदी चमकावल चाहे ला
गोर ढके तोहरा के गिरावल चाहे ला
कुछ लोग इहाँ बाटे भुखायिल फेम के
नाम लेके तोर आगे आवल चाहे ला
मुसीबत जब मरद पे आवे ला भाई
तब पूरा दुनिया ई मजा लेवे ला
जवाना तू रस्ता पे निकलल बाड़ा
ओह पर बदनामी साथे साथ मिले ला
रोज नया नया विवाद मिले ला
डेगे डेगे सुना इहाँ घात मिले ला
दुश्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई अपने ही लोगवा के हाथ मिले ला
रोज नया नया विवाद मिले ला
डेगे डेगे सुना इहाँ घात मिले ला
दुश्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई अपने ही लोगवा के हाथ मिले ला
खुशी में हमेशा खड़ा रहे वाला लोग
नजर न आवे जब आवे दुःख ता
पीठ पीछे गाली आ शिकायत करे ला
फोटो डाल के लिखे ला भाई फेसबुक पर
चाहा तारा जेकर कुछ काम करे ला
जियल तहरा अब उहे हराम करी हो
जेकरा के भाई तू मनबा तू अपना
उहे तहरा के बदनाम करी हो
आदमी से आदमी के प्यार न रहल
केहु अब इहां वफादार न रहल
साँप से ज़हरीला हो गयील
लोग देखे के ए अब दिन रात मिले ला
रोज नया नया विवाद मिले ला
डेगे डेगे सुना इहाँ घात मिले ला
दुश्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई अपने ही लोगवा के हाथ मिले ला
रोज नया नया विवाद मिले ला
डेगे डेगे सुना इहाँ घात मिले ला
दुश्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई अपने ही लोगवा के हाथ मिले ला
सभे बा बटायिल इहां जात पात में
माई के दिया ता गाली बात बात में
पूरा देश के नेता लोग बर्बाद करा ता
लेके अलग अलग धरम के झंडा हाथ में
मीडिया भी अब ता बिकयु हो गईल
झूठ के सच सच के झूठ लिखे ता
कोठा वाली से भी सस्ता में अब ता
निमन निमन लोग के ईमान बिका ता
गलती पे बरियार के सजा ए ना मिले
रोयत रहे गरीब पर न्याय ना मिले
Justice सड़क पर आके मांगे वाला लोग के
बाद में ज़रूरत पर ना साथ मिले ला
रोज नया नया विवाद मिले ला
डेगे डेगे सुना इहाँ घात मिले ला
दुश्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई अपने ही लोगवा के हाथ मिले ला
रोज नया नया विवाद मिले ला
डेगे डेगे सुना इहाँ घात मिले ला
दुश्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई अपने ही लोगवा के हाथ मिले ला
देख का कहा ताटे भाई इहां छोड़
शेर जब चले तब सियार करे शोर
जवाना जे जला ताते करे ला बुरायी
सफल होके बेटा कही खुद खास तोर
लोग का कहा ता ए पर ध्यान मत दा
Overtake करके निकला तू छाप के
दुनिया के बात पर उदास ना रहा
बड़ी गर्व बाटे तहरा पर बाप के
बात एगो तू हमरा तू याद रखी हा
अभी जे बा साथ ओके साथ रखी हा
दिल ए शिकारी तू न कहु के न दुखाई हा
बुरा हर हमेशा न हालात मिले ला
रोज नया नया विवाद मिले ला
डेगे डेगे सुना इहाँ घात मिले ला
दुश्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई अपने ही लोगवा के हाथ मिले ला
रोज नया नया विवाद मिले ला
डेगे डेगे सुना इहाँ घात मिले ला
दुश्मन से ज्यादा बर्बाद करे में
भाई अपने ही लोगवा के हाथ मिले ला
गीतकार:
Chhotu Shikari